भंटा
भंटा, भाँटा चाहे बैगन (हिंदी: बैंगन; अंग्रेज़ी: brinjal) नाइटशेड परिवार सोल'नेसी (solanaceae) के एगो पौधा के प्रजाति हवे। सोलानम मेलोंजेना दुनियाँ भर में एकरे खाए जोग फल खातिर उपजावल जाला।
Eggplant | |
---|---|
The fruit of eggplant developing on the plant | |
बैज्ञानिक वर्गीकरण | |
किंगडम: | Plantae |
(बिना रैंक कइल): | Angiosperms |
(बिना रैंक कइल): | Eudicots |
(बिना रैंक कइल): | Asterids |
ऑर्डर (Order): | Solanales |
परिवार: | Solanaceae |
जाति (Genus): | Solanum |
प्रजाति: | S. melongena |
दूपद नाँव | |
Solanum melongena L. | |
अउरी दूसर नाँव | |
Solanum ovigerum Dunal |
एकर फल बैगनी रंग (रंग के नाँव एही के ऊपर रखल गइल हवे, अंग्रेजी में पर्पल कलर) के एकर फल गुद्देदार स्पंज नियर आ सोखे वाला होखे ला जेकरा चलते ई फल कई किसिम के सब्जी आ पकवान सभ में इस्तेमाल होखे ला। बैज्ञानिक बर्गीकरण के हिसाब से ई बेरी हवे। सोलानम बंस के होखे के कारन ई टमाटर, मरिचा आ आलू के करीबी पौधा हवे हालाँकि ई बाकी सभ नई दुनियाँ के पौधा हवें जबकि भंटा पुरानी दुनियाँ के पौधा हऽ। मानल जाला कि जंगली प्रजाति एस. इन्कानाम से एकरा के भारतीय उपमहादीप आ चीन में खेती लायक पौधा के रूप में उपजावे शुरू कइल गइल।
टमाटर के साथे एकर समानता ई बा कि एकर छिलका आ बीया खाइल जा सके ला। आलू से समानता ई बाटे कि एकरो के पका के खाइल जाला। भंटा के भीतर मैक्रोन्यूट्रिएंट आ माइक्रोन्यूट्रिएंट दुनों किसिम के पोषक तत्व बहुत बेसी ना होखे लें बाकी एकर गुद्दा पानी आ तेल सोखे में भरपूर काम करे ला जेकरा चलते ई कई किसिम के तरकारी, सब्जी आ अउरियो पकवान सभ में इस्तेमाल होखे ला।
अंग्रेजी में एकर तीन गो नाँव चलन में बाड़ें: भारत से ले के सिंगापूर ले एकरा के ब्रिंजल (brinjal) कहल जाला, अमेरिका आ कनाडा में एकरा के एगप्लांट (eggplant) कहल जाला जबकि यूनाइटेड किंगडम आ आयरलैंड में एकरा के ऑबरजाइन (aubergine) कहल जाला। पूरा बिस्व के लगभग 87 % भंटा के पैदावार (2018 के आँकड़ा मोताबिक) चीन आ भारत में मिला के होखे ला।
संदर्भ
संपादन करींई सब्जी-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |