माटी भा मिट्टी कई तरह के खनिज पदार्थ, गैस, तरल पदार्थ आ मुर्दा जीवीय पदार्थ अउरी जियतार जीवधारी सभ से बनल चीज होले जेह में पेड़-पौधा, अन्य बनस्पति आ फसल उपजे ले। ई प्राकृतिक रूप से पृथ्वी के सभसे ऊपरी परत के रूप में होले जेकरे नीचे ठोस चट्टान होखे ले। माटी के परत वाला हिस्सा के अंग्रेजी में पेडोस्फीयर कहल जाला।

जर्मनी में लोएस के मैदानी हिस्सा के माटी
माटी के परत

पृथ्वी पर जीवन के सपोर्ट करे में एकर बहुत महत्व वाली भूमिका होले आ खेती-किसानी के काम में बिसेस तौर पर माटी महत्वपूर्ण होले।

  NODES
languages 1
os 3